Font by Mehr Nastaliq Web

नींद के राह कहीं छूट रहल बा पाछे

neend ke raah kahin chhoot rahal ba pachhe

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

नींद के राह कहीं छूट रहल बा पाछे

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

और अधिकसतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

    नींद के राह कहीं छूट रहल बा पाछे।

    घाव टभकत रहे अब छूट रहल बा पाछे॥

    आँख में उड़के भरल चारू ओर बा लुत्ती—

    आग में रात कंहू फूंक रहल बा पाछे॥

    नाँव हिरदया में रहे आजुतलक बन पाहुन

    नाँववाला उहें अब रूस रहल बा पाछे॥

    मीठ बोली के सबद गूंज रहल माथा में

    सबद के रूप चयन लूट रहल बा पाछे॥

    मत कहीं मोह के हर बात बड़ा धोखा बा

    घाम में फूल चमन सुख रहल बा पाछे॥

    मन धधााइल रहे कहिओ 'सतीश’ के साँचो

    नेह के डोर तुनुक टूट रहल बा पाछे॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : जल के धारा में दीयना (भोजपुरी गजल-संग्रह) (संकलन : अम्बदत्त गुंजन) (पृष्ठ 12)
    • रचनाकार : सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’
    • प्रकाशन : भारतीय भोजपुरी साहित्य परिषद, मुजफ्फरपुर
    • संस्करण : 1996

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY