उनका अइला से कतना
unka aila se katna
उनका अइला से कतना खुशी मिल गइल
हमरा मुरझाइल मन के कली खिल गइल
कब से सूतल रहे कामना जड़ बनल
कुछ भइल अस कि बा तन-बदन हिल गइल
एगो नेता करिश्माई आइल रहे
बात अनघा बेमतलब के बा ढिल गइल
बाटे अफवाह सगरो पटावल गइल
बात के काँट से बा हिया छिल गइल
- पुस्तक : सुर न सधे (पृष्ठ 49)
- रचनाकार : नागेन्द्र प्रसाद सिंह
- प्रकाशन : लोग प्रकाशन, पटना
- संस्करण : 2000
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.