आजु उनुकर खियाल
aaju unukar khiyal
आजु उनुकर खियाल आइल बा
बिन बोलवले बबाल आइल बा
जिन्दगी पड़ गइलि हिस्सा अनका
हमरा बखरा जवाल आइल बा
हाल पुछलीं अनेर उनुका से
जबाब में सवाल आइल बा
नेह मँगलीं त लोग हँसि के कहल
आज कइसन कँगाल आइल बा
- पुस्तक : लर मोतिन के (पृष्ठ 20)
- रचनाकार : जगन्नाथ
- प्रकाशन : पुष्कर प्रकाशन, बक्सर
- संस्करण : 1977
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.