Font by Mehr Nastaliq Web

लोग मस्ती में खूब

log masti mein khoob

जगन्नाथ

जगन्नाथ

लोग मस्ती में खूब

जगन्नाथ

और अधिकजगन्नाथ

    लोग मस्ती में खूब गावत बा

    बेसुरा बाँसुरी बजावत बा

    खाक जरि के भइल बा पहिले से

    आग मन में के अब लगावत बा

    पीर हियरा में बुला सींझि गइल

    नयन अब नीर के पसावत बा

    जगह के हो गइल किल्लत बुझला

    केहू के, मन में के बसावत बा

    नेह का गाँव से जाईं कहँवाँ

    लोग, देखीं ना, दुरदुरावत बा

    स्रोत :
    • पुस्तक : लर मोतिन के (पृष्ठ 43)
    • रचनाकार : जगन्नाथ
    • प्रकाशन : पुष्कर प्रकाशन, बक्सर
    • संस्करण : 1977

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY