Font by Mehr Nastaliq Web

लोग कहेला कि गाँव अब गाँव ना रहल

log kahela ki gaanv ab gaanv na rahal

शिव संदेश

शिव संदेश

लोग कहेला कि गाँव अब गाँव ना रहल

शिव संदेश

और अधिकशिव संदेश

    लोग कहेला कि गाँव अब गाँव ना रहल

    पहिले जइसन तोहरो तऽ लगाव ना रहल

    कइसे आई विकास करेवाला नीमन नेता

    लेनदेन बिना जीतेवाला अब चुनाव ना रहल

    खाली कटइबे करेला हरसाल के मेला में

    अब आम सीसो के छाँव ना रहल

    लोग हो गइल बा होशियार, मोबाइल से

    पहिले जइसे नेताजी के अब प्रभाव ना रहल

    बड़ा जल्दी खिसिया जाला, लोग आजकल

    अब धीरज राखेवाला सुभाव ना रहल

    स्रोत :
    • पुस्तक : बेचैन संदेश (भोजपुरी गजल-संग्रह) (पृष्ठ 22)
    • रचनाकार : शिव संदेश
    • प्रकाशन : भोजपुरी प्रज्ञा प्रतिष्ठान, काठमांडू, नेपाल
    • संस्करण : 2024

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY