Font by Mehr Nastaliq Web

कुछ लोग नजर आइल, दूर गइला के बाद

kuch log najar aail, door gaila ke baad

शिव संदेश

शिव संदेश

कुछ लोग नजर आइल, दूर गइला के बाद

शिव संदेश

और अधिकशिव संदेश

    कुछ लोग नजर आइल, दूर गइला के बाद

    बदल गइल बोली, मजबूर भइला के बाद

    पहिले रहत रहे हरदम, हमरा आगे पीछे

    अब नजर नइखे आवत, लूर भइला के बाद

    पहिले बात देखावेऽ, अब औकात देखावेला

    धन सम्पति के नशा में, चूर भइला के बाद

    बाजार के छईंटा में ना, बक्सा में रहेला

    समयचक्र में आम से, अंगूर भइला के बाद

    अब दिल के ना खाली दिमाग के बात करे

    दया भाव ओरागइल, निठुर भइला के बाद

    स्रोत :
    • पुस्तक : बेचैन संदेश (भोजपुरी गजल-संग्रह) (पृष्ठ 9)
    • रचनाकार : शिव संदेश
    • प्रकाशन : भोजपुरी प्रज्ञा प्रतिष्ठान, काठमांडू, नेपाल
    • संस्करण : 2024

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY