Font by Mehr Nastaliq Web

खटकल मनवाँ दरेर हो

khatkal manvan darer ho

नागेन्द्र प्रसाद सिंह

नागेन्द्र प्रसाद सिंह

खटकल मनवाँ दरेर हो

नागेन्द्र प्रसाद सिंह

और अधिकनागेन्द्र प्रसाद सिंह

    खटकल मनवाँ दरेर हो गइल

    खेतवा बँटाइल डरेर हो गइल

    छोड़ऽ अँकवरिया, सबेर हो गइल

    रोकऽ जनि, चले दऽ, कुबेर हो गइल

    सून बा रहतिया, ना साथे केहू वा

    अइले ना काहें ऊ, अबेर हो गइल

    अखियाँ दियात नइखे, प्रान झउँसात

    रूपवा के घाम बा करेर हो गइल

    स्रोत :
    • पुस्तक : सुर न सधे (पृष्ठ 37)
    • रचनाकार : नागेन्द्र प्रसाद सिंह
    • प्रकाशन : लोग प्रकाशन, पटना
    • संस्करण : 2000

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY