Font by Mehr Nastaliq Web

जिंदगी साज बनि के बज रहल बहुत बाटे

jindgi saaj bani ke baj rahal bahut bate

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

जिंदगी साज बनि के बज रहल बहुत बाटे

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

और अधिकसतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

    जिंदगी साज बनि के बज रहल बहुत बाटे।

    आदमी आज कसहूँ सज रहल बहुत बाटे॥

    कबले हर मोड़ पर होते रही समझौता—

    दरद अब खाड़ हो के कह रहल बहुत बाटे॥

    माथ पर आके हवा जा रहल उपरे-उपरे—

    बेछुअल तन में सांस चल रहल बहुत बाटे

    मन अधातुर भइल जब रूप के ऊगल सूरज

    छाँव संग जोत सगरो जल रहल बहुत बाटे॥

    सून आकाश में बादर के छोट टुकड़ा बा,

    असगरे नाव एगो दह रहल बहुत बाटे॥

    कहाँ बा फासला जनम-मरन में अब कवनों

    मउत गोदी में ठहरें पल रहल बहुत बाटे॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : जल के धारा में दीयना (भोजपुरी गजल-संग्रह) (संकलन : अम्बदत्त गुंजन) (पृष्ठ 32)
    • रचनाकार : सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’
    • प्रकाशन : भारतीय भोजपुरी साहित्य परिषद, मुजफ्फरपुर
    • संस्करण : 1996

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY