हकीकत समय के
hakikat samay ke
हकीकत समय के बतावल बा मुश्किल
गजल-गीत कुछ भी सुनावल बा मुश्किल
बँचल धार होखे भा ना प्यार के अब
लहर बा मगर, ई छिपावल बा मुश्किल
दुलारल भले ना बने साध के अब
मगर साँच बा, दुरदुरावल बा मुश्किल
रहल टूट रिस्ता आ सम्बन्ध अइसे
कि खुद से भी खुद के मिलावल बा मुश्किल
सुतल बा जे, ओके सहज बा जगावल
जे जागल बा, ओके जगावल बा मुश्किल
- पुस्तक : खुद के तलाशत (पृष्ठ 24)
- रचनाकार : जगन्नाथ
- प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
- संस्करण : 2015
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.