सपना आस के देखल जाई
sapna aas ke dekhal jai
बरखा के दिन उतर चुकल बा
कुचकुच अनहरिया पसरल बा
अरजल धन खतम हो गइल
बांचल बा अब ऊहो जाई
तबो खतम ना होखी दुनिया
फेर से सपना देखल जाई
सपना बा त जिनगी बाटे
जिनगी बा त सपना बाटे
आन्ही पानी आई जाई
समय दुखाई, समय रिगाई
आई प्रलय त देखल जाई
आँख नीन से माँतल बाटे
कुछऊ होखे सूतल जाई
कुछ ना बाँची तब्बो भइया
सपना आस के देखल जाई।
- पुस्तक : हमार पहचान (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 23)
- रचनाकार : जलज कुमार अनुपम
- प्रकाशन : हर्फ मीडिया, नई दिल्ली
- संस्करण : 2018
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.