कवन दिशा गइले
kavan disha gaile
कवन दिशा गइले सजना,
टूटल जीवन के सपना।
मांग भरल बा सेनूर,
मनवा रोवत बा भरपूर।
दुख में डूबल बा कंगना,
कवन दिशा गइले सजना।
तुलसी में जल हम डालीं,
अखिया में दुखके लाली।
सुन लीं भगवन निज वंदना,
कवन दिशा गइले सजना।
सास-ससुर मातपिता सम,
रोज करेले अखिया नम।
बेटा आई जल्दी अंगना,
कवन दिशा गइले सजना।
- पुस्तक : गुजर रहल बा जिन्दगी (कविता-संग्रह) (पृष्ठ 2)
- रचनाकार : अनीता साह
- प्रकाशन : ओरिएन्टल पब्लिकेशन हाउस प्रा. लि., काठमांडू, नेपाल
- संस्करण : 2025
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.