Font by Mehr Nastaliq Web

देशवा हमार सूतल बा

deshva hamar sutal ba

जलज कुमार अनुपम

जलज कुमार अनुपम

देशवा हमार सूतल बा

जलज कुमार अनुपम

और अधिकजलज कुमार अनुपम

    मत करऽ हाला जादा

    देशवा हमार सूतल बा।

    बाबू रोये माई रोये

    रोवे तिरिया-बेटी हो

    आस लुटाइल पास लुटाइल

    लुटल लाज के पेटी हो

    टुकर टुकर सब ताकत बाटे

    मुँह बवले भा दाँत चियरले

    चोर मान में ढुकल बा

    मत करऽ हाला जादा

    देशवा हमार सूतल बा।

    डिग्री लेके बबुआ रोये

    खेते बइठि किसान हो

    बदलल बा हालात कि, पीढ़ी

    अगली भइल जियान हो

    केहू राह निबारत नइखे

    मिलि-जुलि लोग सँवारत नइखे

    गुटबाजी से भइल प्रीति बा

    हर विकास के नेइ धंसत बा

    निमनो कमवा रोज फँसत बा

    हुल्ल-हपाड़ा, बजे नगाड़ा

    आखिर इहवाँ के जागत बा?

    मत कर हाला जादा

    देशवा हमार सूतल बा।

    बैसाखी पर चले बेवस्था

    भ्रष्टाचारी भइल अवस्था

    होई कइसे अब उद्धार

    आवऽ उठऽ चलऽ बबुआ

    आपन-आपन हिस्सा बखरा

    लेवे खातिर सभे जुटल बा

    मत करे हाला जादा

    देशवा हमर सूतल बा।

    स्रोत :
    • पुस्तक : हमार पहचान (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 34)
    • रचनाकार : जलज कुमार अनुपम
    • प्रकाशन : हर्फ मीडिया, नई दिल्ली
    • संस्करण : 2018

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY