वक्त के मार सह रहल बानी
vakt ke maar sah rahal bani
वक्त के मार सह रहल बानी
प्यार के हार सह रहल बानी
गाँछ तऽ आम के लगवलीं हम
नीम के खार सह रहल बानी
अपना तकदीर का बेरोखी के
वार पर वार सह रहल बानी
मन में सपना जे भरल बा हमरा
ओकरे भार सह रहल बानी
बात मधुमास के करीं कइसे
जबकि पतझार सह रहल बानी
- पुस्तक : सुर न सधे (पृष्ठ 51)
- रचनाकार : नागेन्द्र प्रसाद सिंह
- प्रकाशन : लोग प्रकाशन, पटना
- संस्करण : 2000
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.