Font by Mehr Nastaliq Web

उनका आवे के खबर जइसे सुनाइल कि बस

unka aave ke khabar jaise sunail ki bas

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

उनका आवे के खबर जइसे सुनाइल कि बस

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    उनका आवे के खबर जइसे सुनाइल कि बस

    आँख के राह से मन अइसन दहाइल कि बस॥

    मुँह फुला के त उ बइठल रहे भोरहीं से ऊहाँ

    साँझ के झगड़ा ओराइल त ओराइल कि बस॥

    सांचो बरिसन से रहे गीत बिना नावें के

    नांव से उनका लिखाइल त लिखाइल कि बस॥

    कवनो लइका के तरे याद के मेला में हमार

    बेकहल मन इ भुलाइल त भुलाइल कि बस॥

    आ के जाला ना कबो होला बुढापा अइसन

    ई जवानी जो पराइल त पराइल कि बस॥

    चानी खानी तरे पानी इहाँ धपधप सगरो

    झील में चान समाइल त समाइल कि बस॥

    तंग साहेब हवे जिनगी के ग़ज़ल के मक्ता

    सोच के जान के बस अतने बुझाइल कि बस॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 44)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY