तहार गीत हमरा से
tahar geet hamra se
तहार गीत हमरा से अब ना गवाई
तहार मंत्र हमरा से अब ना जपाई
सुर के ई यंत्र भइल बा पुरजे-पुरजे
पुरान-सड़ल वीणा पर सुर ना सधाई
बिना पोल के ढोल काहें के राखब
तहार नाँव ओकरा पर ना बाज पाई
ना आई इहाँ काम केहू, ए साथी
इहाँ से ना कवनो जिनिस साथ जाई
पसारा ई अपना में तूहीं संकोरऽ
बहुत दिन ना हमरा से इहँवाँ रहाई
- पुस्तक : सुर न सधे (पृष्ठ 42)
- रचनाकार : नागेन्द्र प्रसाद सिंह
- प्रकाशन : लोग प्रकाशन, पटना
- संस्करण : 2000
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.