कइसे कहीं उनुका
kaise kahin unuka
कइसे कहीं उनुका से हिया में वा भरल पीर
कहँवाँ धरबि सजाइ के हम नेह के तसबीर
केकरा के कहीं के कइल ई जिन्दगी बेहाल
हियरा प जे जड़ल वा बिसवास के जँजीर
होखे ना भले धार मगर बा लहर छिपल
जानीं ना मर गइल बा पानी के देखि थीर
कवना उमेद पर बसीं तूहीं कह इहाँ
लूटत बा लोग एक-दोसरा के जहाँ चीर
- पुस्तक : लर मोतिन के (पृष्ठ 26)
- रचनाकार : जगन्नाथ
- प्रकाशन : पुष्कर प्रकाशन, बक्सर
- संस्करण : 1977
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.