Font by Mehr Nastaliq Web

जिनगी त झूठ साँच के चक्कर में पड़ गइल

jingi ta jhooth saanch ke chakkar mein paD gail

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

जिनगी त झूठ साँच के चक्कर में पड़ गइल

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    जिनगी त झूठ साँच के चक्कर में पड़ गइल।

    मन कहवाँ आके साँप-छुछुन्दर में पड़ गइल॥

    मोती के ढेर सीप में खोजे के फेर में,

    जिनगी अनेर सात समुन्दर में पड़ गइल॥

    हिम्मत के नाव, आस के पतवार ले के खुद,

    जिनगी के ऊहो सात समुन्दर में पड़ गइल॥

    केहू के नीन्द आवे ना मखमल के सेज पर,

    केहू के नीन्द टाट के बिस्तर में पड़ गइल॥

    दिल में पड़ल देवाल त बस बात-बात में,

    फेर बाद में देवाल अपना घर में पड़ गइल॥

    जेकरा के भूल जाये में सउँसे उमिर खपल,

    काहे दो आज याद उ पल भर में पड़ गइल॥

    अइसन ऊ बात लाग गइल बात-बात में,

    बारूद जइसे दर्द के पत्थर में पड़ गइल॥

    मन फाट गइल तंग जी एह तींत बात से,

    जइसे खटाई दूध के गागर में पड़ गइल॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 40)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY