Font by Mehr Nastaliq Web

आदमी के देख के

adami ke dekh ke

कृष्णानन्द कृष्ण

कृष्णानन्द कृष्ण

आदमी के देख के

कृष्णानन्द कृष्ण

और अधिककृष्णानन्द कृष्ण

    आदमी के देख के अब डर रहल बा आदमी

    आग में अपने इहाँ खुद जर रहल बा आदमी

    गिर गइल बा आँख के पानी सभे के देख लीं

    डाह से देखीं शहर में मर रहल बा आदमी

    आँख में आँसू कहाँ बा, जे बचल बा रेत बा,

    फूल अइसन डाढ़ से चुप झर हरल बा आदमी

    उड़ गइल पंछी अचानक छोड़ के एह देह के

    मोह काहें देह से तब कर रहल बा आदमी

    जान के अनजान बाटे लोग सब देखीं इहाँ

    'कृष्ण' खुद के खुद इहाँ अब हर रहल बा आदमी

    स्रोत :
    • पुस्तक : नया सूरज चढ़ल जाता (पृष्ठ 32)
    • रचनाकार : कृष्णानन्द कृष्ण
    • प्रकाशन : पुनः प्रकाशन, पटना
    • संस्करण : 2000

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY