Font by Mehr Nastaliq Web

जहाँ-तहाँ से दरकल बाटे

jahan tahan se darkal bate

ब्रजभूषण मिश्र

ब्रजभूषण मिश्र

जहाँ-तहाँ से दरकल बाटे

ब्रजभूषण मिश्र

और अधिकब्रजभूषण मिश्र

    जहाँ-तहाँ से दरकल बाटे

    पानी खातिर तरसल बाटे

    जब से बाटे सावन आइल

    नयना दूनो छलकल बाटे

    उमड़ल-घुमड़ल सुधि केहू के

    एही से दिल धड़कल बाटे

    कंकड़ फेंक थिराइल जल में

    मीत मचवले हलचल बाटे

    फाटे में बा कोर कसर का

    जगह-जगह जे मसकल बाटे

    राखी पानी भा उतार ली

    पता चलत ना छलबल बाटे

    स्रोत :
    • पुस्तक : समय के राग (पृष्ठ 74)
    • संपादक : जगन्नाथ, भगवती प्रसाद द्विवेदी
    • रचनाकार : ब्रजभूषण मिश्र
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
    • संस्करण : 2003

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY