Font by Mehr Nastaliq Web

इनका-उनका बीच के नाता टूट गइल

inka unka beech ke nata toot gail

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

इनका-उनका बीच के नाता टूट गइल

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    इनका-उनका बीच के नाता टूट गइल

    धरम-करम, विश्वास बुझाता टूट गइल॥

    आस के शीशा चनकल बा शायद कतहूँ

    केहू के चितकार सुनाता, टूट गइल॥

    दुनिया झूठा, लोग खिलौना माटी के

    उहे खिलौना हाय बिधाता, टूट गइल॥

    कवन भरोसा बा बाजार के सउदा पर

    पइसा पर ईमान बिकाता टूट गइल॥

    रिश्ता-नाता के डोरी सझुराएब का

    अब कहवाँ कतहूँ अझुराता, टूट गइल॥

    ओखर में मूडी, मोहाबरा के बूझी

    ओखर, मूसर कहाँ किनाता टूट गइल॥

    छीना-झपटी में शायद ई टूटल बा

    दोसरा से औकात छिनाता टूट गइल॥

    जिनगी के ई घाम इनायतपुरी जी

    नेह-छोह के ओह में छाता टूट गइल॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 40)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY