Font by Mehr Nastaliq Web

एह सियासी नगर

eh siyasi nagar

अशोक द्विवेदी

अशोक द्विवेदी

एह सियासी नगर

अशोक द्विवेदी

और अधिकअशोक द्विवेदी

    एह सियासी नगर में का नइखे?

    खाली निकले के रास्ता नइखे

    तहरा ऊँचा मकान का भितरी

    जिये कवनो सिलसिला नइखे

    आज नाटक बा हमरा जिनिगी पर

    ओमे खुद हमरे भूमिका नइखे

    ओकरा अँखिया में ना चमक उभरल

    ओमे अब कवनो लालसा नइखे

    गाँव वालन पर' आजु बा जलसा

    गाँव वालन के कुछ पता नइखे

    ताड़ से छाँह कइसन असरा

    बर-पीपर मतिन पिता नइखे

    एह नगर में जियल कठिन बाटे

    रोसनी बाटे हवा नइखे

    स्रोत :
    • पुस्तक : फूटल किरिन हजार (पृष्ठ 115)
    • रचनाकार : अशोक द्विवेदी
    • प्रकाशन : पाती प्रकाशन, बलिया
    • संस्करण : 2003

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY