Font by Mehr Nastaliq Web

दर्द, दहशत, उदासी

dard, dahshat, udasi

जगन्नाथ

जगन्नाथ

दर्द, दहशत, उदासी

जगन्नाथ

और अधिकजगन्नाथ

    दर्द, दहशत, उदासी, फजीहत मिलल

    जिन्दगी का अइसने वसीयत मिलल

    लोग से, अइसे, सिखलीं बहुते, मगर

    ढेर आँतर से अपने नसीहत मिलल

    बिक रहल बाटे ईमान, इन्सान सब

    एह हद तक गिरल, अब त, नीयत मिलल

    भाव इन्सान के ऊँच लागल बहुत

    कुछ ना इन्सानियत के बा कीमत मिलल

    राह पर जे रहल, बा भकुआ गइल

    बा कुराहा के सम्मान-इज्जत मिलल

    स्रोत :
    • पुस्तक : खुद के तलाशत (पृष्ठ 74)
    • रचनाकार : जगन्नाथ
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
    • संस्करण : 2015

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY