बह रहल बा वात पागल, का करीं
आग अपना घर में लागल, का करीं
हर जगह खतरा बा अब मँडरा रहल
आँख से बा नींद भागल, का करीं
जुल्म बा जाता सहत चुपचाप सब
जोश अबतक ले ना जागल, का करीं
आँख के सोझा फसल के खेत में
चर रहल बा साँढ़ दागल, का करीं
बा जहाँ दरकार ‘आँसू’ धूप के
छा गइल ओहिजे बा बादल, का करीं
- पुस्तक : समय के राग (पृष्ठ 24)
- संपादक : जगन्नाथ, भगवती प्रसाद द्विवेदी
- रचनाकार : ए. कुमार ‘आँसू’
- प्रकाशन : भोजपुरी साहित्य प्रतिष्ठान, पटना
- संस्करण : 2003
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.