Font by Mehr Nastaliq Web

अइसन बिगड़ल हवा के असर देख लीं

aisan bigDal hava ke asar dekh leen

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

अइसन बिगड़ल हवा के असर देख लीं

सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

और अधिकसतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’

    अइसन बिगड़ल हवा के असर देख लीं।

    झूठ जिनगी के बाटे सफर देख लीं॥

    पिआर के गाँव में पिआर बांटल रहीं

    आजु बदलल बा उनकर नजर देख लीं।

    आँखि में बा चमक, ओठ मुसकी भरल

    बात में लटपटाइल जहर देख लीं।

    साँप बहिरा बनल लोग ससरत फिरे

    जग बनल नाग के बा नगर देखलीं।

    हर तिथि भर महीना जोखाते रहल

    बईठल बनिया बा आठो पहल देख लीं।

    चौमुहानी पर ठमकल खड़ा बा सभे

    डोर फाँसी के लटकल डगर देख लीं।

    जिनगी देके जिनगी जीअल ना 'सतीश'

    मन समुंदर में लोटल लहर देख लीं।

    स्रोत :
    • पुस्तक : जल के धारा में दीयना (भोजपुरी गजल-संग्रह) (संकलन : अम्बदत्त गुंजन) (पृष्ठ 18)
    • रचनाकार : सतीश्वर सहाय वर्मा ‘सतीश’
    • प्रकाशन : भारतीय भोजपुरी साहित्य परिषद, मुजफ्फरपुर
    • संस्करण : 1996

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY