Font by Mehr Nastaliq Web

आज उनकर याद आइल चाँदनी में

aaj unkar yaad aail chandni mein

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

आज उनकर याद आइल चाँदनी में

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    आज उनकर याद आइल चाँदनी में।

    आज फेरू मन नहाइल चाँदनी में॥

    चाँद त बन-ठन के आइल चाँदनी में।

    मन के भीतर के समाइल चाँदनी में॥

    धरती से आकाश अँकवारी मिलल बा,

    की समैना बा तनाइल चाँदनी में॥

    चार दिन के चाँदनी कइसे कहीं हम,

    इक सदी पल में समाइल चाँदनी में॥

    घुप अन्हरिया रात में जोन्ही के जइसन,

    ताल के बेरा फुलाइल चाँदनी में॥

    अब अन्हरिया रात के कोसी त का हम,

    तोख के दौलत लुटाइल चाँदनी में॥

    आँख का सोझा भइल चंदा पराया,

    का कहीं कतना बुझाइल चाँदनी में॥

    हमनी के शिकवा-शिकायत धुल गइल का,

    रात बा धप-धप धोआइल चाँदनी में॥

    रात से जब भोर अँकवारी मिलल तब,

    चाँद शबनम में नहाइल चाँदनी में॥

    मन के सपना बन गइल दरियाव जइसे,

    आस के तीसी फुलाइल चाँदनी में॥

    फेर अहिल्या के मिलल का कवनो धोखा,

    चाँद फेर उल्टा टँगाइल चाँदनी में॥

    आवेवाला बा केहू मेहमान शायद,

    नूर के चादर तनाइल चाँदनी में॥

    लाख लिखलीं चाँदनी में शेर बाकिर,

    'तंग' मक्ता ना लिखाइल चाँदनी में॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 47)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY