Font by Mehr Nastaliq Web

ऊ ना होला आपन

uu na hola aapan

रमाकान्त मुकुल

रमाकान्त मुकुल

ऊ ना होला आपन

रमाकान्त मुकुल

और अधिकरमाकान्त मुकुल

    पराग

    चुपके से

    फूल से कहलस

    भँवरा

    जबले खुल के

    ना कर लेला मनमाना

    तबले

    ना जाला छोड़ के

    तू!

    आपन हिया खोल के

    हमरा के

    कर देल समर्पित

    ओकरा सामने

    हमरा के

    छीन लेला तोहरा से

    चूस लेला

    जीवन-रस

    बाकिर,

    एकरा बादो

    ना होला आपन

    स्रोत :
    • पुस्तक : आँचर के टुकड़ा (पृष्ठ 16)
    • रचनाकार : रमाकान्त मुकुल
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2003

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY