Font by Mehr Nastaliq Web

सूरूज के बेटा

suruj ke beta

रमाकान्त मुकुल

रमाकान्त मुकुल

सूरूज के बेटा

रमाकान्त मुकुल

और अधिकरमाकान्त मुकुल

    हम हईं

    सूरुज के बेटा कर्ण

    हमार माई

    तेजस्विता के पाप समझ के

    त्याग दिहली

    हमरा साथे हमरा बाप के

    बना लिहली

    अंकशायी

    एगो रोगी के

    जे पीड़ित रहे पाण्डु रोग से

    बाकिर,

    हमरा कवनो शिकायत नइखे—

    अपना माई से

    शिकायत हमरा ओकरा से बा

    जे बान्ह देहलस

    एगो बीमार खूँटा से माई के

    माई का

    ओह खूँटा के वंश चलावे खातिर

    ढोये के पड़ल

    ओह परम्परा के

    जवना के इन्कार कर के

    त्याग दिहले रहली हमरा के

    स्रोत :
    • पुस्तक : आँचर के टुकड़ा (पृष्ठ 21)
    • रचनाकार : रमाकान्त मुकुल
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2003

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY