Font by Mehr Nastaliq Web

दहेज

dahej

का हो चाचा, का हो भइया

कतना केहू बात बताई

दहेज कलंक बा भारी सुनीं

कहिया बात समझ में आई

दहेज से बेसी अउरी बड़का

पाप ना कवनो होखी भाई

कब ले रोअबऽ जतवे खातिर

कहऽ कहिया लाज लजाई

गलती केहू अउरी करी

कबले सजा दोसर पाई

दहेज से बेसी अउरी बड़का

पाप ना कवनो होखी भाई

मंजर कहिया बदली भइया

कहिया ई कुकरम ओराई

बेटी के जनम लिहला पर

कहिया खुशी मनावल जाई

दहेज से बेसी अउरी बड़का

पाप ना कवनो होखी भाई

कहिया चिंता भागी, बेटी

बिना दहेज बियाहल जाई

ससुरारी में तबहीं बेटी

अपना नइहर के सुख पाई

दहेज से बेसी अउरी बड़का

पाप ना कवनो होखी भाई।

स्रोत :
  • पुस्तक : हमार पहचान (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 56)
  • रचनाकार : जलज कुमार अनुपम
  • प्रकाशन : हर्फ मीडिया, नई दिल्ली
  • संस्करण : 2018

Additional information available

Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

OKAY

About this sher

Close

rare Unpublished content

This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

OKAY