Font by Mehr Nastaliq Web

उ जिनगी से दाव लगा के हार गइल

u jingi se daav laga ke haar gail

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

उ जिनगी से दाव लगा के हार गइल

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    उ जिनगी से दाव लगा के हार गइल

    बाँचल-खूँचल शातिर दुनिया मार गइल॥

    अतने ना कि बस ओकर आधार गइल

    नीयत का बिगडल संउसे संसार गइल॥

    लाभ अउर घाटा के सब व्यापार गइल

    एके पल में ई मेला-बाजार गइल॥

    एक बेर के बाद कबो हम गइनी ना

    जाये खातिर मन उहवाँ सौ बार गइल॥

    तोहरा से मिलला के बाद बुझाइल ई

    अब तक के जिनगी सगरी बेकार गइल॥

    अनका खातिर आग लगवले नफरत के

    ओही में उनकर सगरी घरबार गइल॥

    ओही घाटे लाग गइल जिनगी के नाव

    जवना ओरिया मन के इ पतवार गइल॥

    हार जीत के दुख नइखे तनिको ओकरा

    दुख अतने बा बोले के अधिकार गइल॥

    अपना ना समझी में बन्द भईल भारत

    ईद, दिवाली, छठ जइसन तेओहार गइल॥

    तंग इनायतपुरी जी अब का कीनब

    साँझ भइल, दोकान उठल, बाजार गइल॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 42)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY