Font by Mehr Nastaliq Web

सब रोग के एक दवाई मत पूछीं

sab rog ke ek davai mat puchhin

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

सब रोग के एक दवाई मत पूछीं

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    सब रोग के एक दवाई मत पूछीं

    एक डोज़ बस सी बी आई मत पूछीं॥

    इनकर उनकर ग़ज़ब लड़ाई मत पूछीं

    के केकरा के कब गरिआई मत पूछीं॥

    जाति धरम के वोट बैंक बेहोश भइल

    राष्ट्रवाद से के अझुराई मत पूछीं॥

    मूंह पिजा के बइठल रहले बीस जना

    सब के सब गइले छितराई मत पूछीं॥

    भाईजी छरिआइल रहले सीट बदे

    झार-पोंछ के भइल बिदाई मत पूछीं॥

    राजनीति में रिश्तेदारी खूब चलल

    बूआ बबुआ आ भउजाई मत पूछीं॥

    जय श्रीराम के नारा से बिखिया गइली

    कलकत्ता के काली माई मत पूछीं॥

    बाबा के केदारनाथ के तप कबले

    जी टीवी पर देखल जाई मत पूछीं॥

    ताल मेल बा चौकीदार से चोर के खूब

    के केकर मउसेरा भाई मत पूछीं॥

    हरलो पर छरिआइल बाड़े भइयाजी

    इन्च-इन्च पर लड़ेब लड़ाई मत पूछीं॥

    बड़बड़ात रहले सपना में नेता जी

    सी बी आई, सी बी आई मत पूछीं॥

    चचा भतीजा के झगड़ा त आम हवे

    दीदी लड़ली गजब लड़ाई मत पूछीं॥

    दिल्ली में जब रउरा हमके ना पुछनी

    पटना में तब के के आई मत पूछीं॥

    भाषण में कीचड़ फेंकनी त ना बुझनी

    ओही में ई कमल फुलाई मत पूछीं॥

    हार-जीत के बाद सभे भाई-भाई

    कलकत्ता में हाथापाई मत पूछीं॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 73)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY