Font by Mehr Nastaliq Web

प्रेम पूजा हो गइल, अनुराग तुलसी दल भइल

prem puja ho gail, anurag tulsi dal bhail

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

प्रेम पूजा हो गइल, अनुराग तुलसी दल भइल

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    प्रेम पूजा हो गइल, अनुराग तुलसी दल भइल।

    मन के एह उमड़ल नदी में नेह गंगा जल भइल॥

    इन्तजारी के तरे कइले होई ऊ रात-दिन,

    हाय रे जेकरा बदे सदियो से बड़ इक पल भइल॥

    खैरियत पुछलस केहू जब फोन पर मुद्दत के बाद,

    दिल में जइसे धक से लागल मन बड़ा चंचल भइल॥

    सब शिकायत दह गइल केहू ना बोलल एक टुम

    एह तरे उमड़ल नदी कि दूर तक जल-थल भइल॥

    आज ले ई मन खड़ा बा एक नजर देखे बदे,

    ढेर दिन पहिले कबो केहू जहाँ पागल भइल॥

    फेर उठल बा ज्वार-भाटा मन में एक मुद्दत के बाद,

    केकरा आवे के खबर अइला से ई हल-चल भइल॥

    फेर उड़ा के ले गइल पुरुआ हवा ओह गाँव में,

    तंग साहेब प्यार के जहवाँ घटा पागल भइल॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 35)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY