Font by Mehr Nastaliq Web

ना हँसी बाटे

na hansi bate

मिथिलेश ‘गहमरी’

मिथिलेश ‘गहमरी’

ना हँसी बाटे

मिथिलेश ‘गहमरी’

और अधिकमिथिलेश ‘गहमरी’

    ना हँसी बाटे, ना रोवाई, आज

    कइसे दुख से मिली रिहाई, आज

    रात भर फूल के 'दुसूती' पर

    ओस कइले बिया कढ़ाई, आज

    तेल-बाती से पोढ़ बा दीया

    खाली चाहीं दियासलाई, आज

    सामने संत बा, कि बा शैतान

    चेहरा-मोहरा से ना चिन्हाई, आज

    पीर नइखे सम्हार में आवत

    हमके लागत बा, कुछ कराई आज

    जाने केकर सराप बिहँसल बा

    बीख-जस, हो गइल दवाई, आज

    डँस रहल साँप जब सँपेरे के

    तोहके 'मिथिलेश' के बचाई, आज

    स्रोत :
    • पुस्तक : केकरा से माँगीं अँजोर (पृष्ठ 124)
    • रचनाकार : मिथिलेश ‘गहमरी’
    • प्रकाशन : सत्यांश उपक्रम (प्रा.) लिमिटेड, बलिया
    • संस्करण : 2019

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY