Font by Mehr Nastaliq Web

मान, सम्मान, स्वाभिमान जरूरी होला

maan, samman, svabhiman jaruri hola

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

मान, सम्मान, स्वाभिमान जरूरी होला

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    मान, सम्मान, स्वाभिमान जरूरी होला

    सबसे पहिले भइल इन्सान जरूरी होला॥

    सेवा सत्कार में ईमान जरूरी होला

    घर के घर राखे में मेहमान जरूरी होला॥

    दिल के दउलत ह लुटाएब त लुटाई चाचा

    धन बचावे बदे अनुदान जरूरी होला॥

    रउरा केहू के त सम्मान बढ़इतीं कतहूँ

    देबे वाला के भी सम्मान जरूरी होला॥

    धोखो खाइल कहाँ आसान बा एतना मरदे

    ओकरा पहिले कइल एहसान जरूरी होला॥

    चदरा ओढला से मिलल बा कहीं सम्मान भला

    कवनो सम्मान बदे मान जरूरी होला॥

    बेंचे खातिर त इहाँ का ना बिकाई साहेब

    बेंचे खातिर मगर दोकान जरूरी होला॥

    का भईल तंग अगर आँख के आन्हर बानी

    जीये खातिर इहाँ बस कान जरुरी होला॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 71)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY