Font by Mehr Nastaliq Web

काल्ह धोती आ साड़ी जे बाँटत रहे

kaalh dhoti aa saDi je bantat rahe

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

काल्ह धोती आ साड़ी जे बाँटत रहे

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    काल्ह धोती आ साड़ी जे बाँटत रहे।

    कबहूँ हमरे संगे भीख माँगत रहे॥

    हमरा डर से हमेशा उ भागत रहे।

    लड़ पड़े जेकरा-जेकरा से आँटत रहे॥

    जेकरा आदर्श के ऊ मुअवलस इहाँ,

    ओकरे फोटो प माला उ टांगत रहे॥

    ऊ प्रजातंत्र के डाढ़ पर बइठ के,

    ओही डाढ़ी के टांगी से काटत रहे॥

    जवना टीकट प नेता के फोटो रहल,

    थूक से ओ के उल्टा उ साटत रहे॥

    ओकरा खादी के धोती जवाले भइल,

    रोज सीअत रहे, रोज फाटत रहे॥

    का सियासत में इज्जत के मानी ह ई?

    रोज थूकत रहे रोज चाटत रहे॥

    आग, अपने लगवस आ भाषण में खुद,

    धर्म-मजहब के खाई के पाटत रहे॥

    भाग पत्थर से बदलत रहे लोग के,

    दिन गरीबी में अपने उ काटत रहे॥

    उ त हमरे से लेहलस किराया में घर,

    अउर अंगना में हमरे के डाँटत रहे॥

    तंग साहेब गुलामी के कोसस त का?

    उनका खातिर अजदियो इ साँसत रहे॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 46)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY