Font by Mehr Nastaliq Web

जइसे कवनो नूरा कुश्ती बा आपुस में सेट भइल

jaise kavno nura kushti ba aapus mein set bhail

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

जइसे कवनो नूरा कुश्ती बा आपुस में सेट भइल

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    जइसे कवनो नूरा कुश्ती बा आपुस में सेट भइल

    लेह-देह, हल्ला-गुल्ली इ टीवी के डीवेट भइल॥

    भूख गरीबी दूर भगावे के कानून कहाँ बाटे

    सन बावन से ताकत बानी काहे एतना लेट भइल॥

    राजनीति आ राष्ट्रनीति से ऊपर बा कुरसी शायद

    बस एतने से सारा झगड़ा बा इहवाँ किरिएट भइल॥

    लूट पाट आ सजी घोटाला, ओतने बा अबहूँ शायद

    भारत के एह राजनीति के केतना लमहर पेट भइल॥

    उहे जुलुम आ उहे गुलामी, याद पडल अंगरेजन के

    धीरे-धीरे किस्सा उ काहे मन में अपडेट भइल॥

    पेट काट के लइकन के पोसत बितल सगरी जिनगी

    सारा उमिर सिराइल कबहूँ सपने में भरपेट भइल॥

    मंगलो पर सरकार कचहरी में इन्साफ मिलल कहवाँ

    ताकत उमिर सिराइल खाली डेट, डेट पर डेट भइल॥

    कहवाँ बा ईमान के कीमत बार-बार इ मन पूछे

    तंग इनायतपुरी काहे इ सवाल किरीएट भइल॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 54)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY