Font by Mehr Nastaliq Web

गजल लिखनी हँ सातो रंग से चटकार होली में

gajal likhni han sato rang se chatkar holi mein

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

गजल लिखनी हँ सातो रंग से चटकार होली में

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    गजल लिखनी हँ सातो रंग से चटकार होली में।

    बोलवले बा केहू हमरा के देके तार होली में॥

    कबो हमनी लगवले जे रहीं कचनार होली में।

    उ बढ़ के हो गइल बा के तरे छितनार होली में॥

    कबो एकरार होली में कबो इनकार होली में।

    गजब उल्टा भइल बा दिल के कारोबार होली में॥

    चलल बानी अगर लिहले अकेले रूप के दउलत,

    रहीं हुशियार बाड़े सन इहाँ बटमार होली में॥

    बिरज मशहूर बा लठमार होली से त बा लेकिन,

    इहाँ घायल भइल बा दिल इ कनखीमार होली में॥

    इ सर्दी के सतावल त महिनवन पर उठल बानी,

    कहाँ जाएब बुढ़ौती में चचा ससुरार होली में॥

    हई देखी सुलखना के उ दारू पी के सूतल बा,

    आ घरनी कह रहल बीआ कि बा बीमार होली में॥

    बड़ा भागे से मिल जाला कबो ससुरार में गारी,

    तनिक अनराज मत होखीं अरे सरकार होली में॥

    मुहब्बत के बा लिहले जाल केहू दिल के दीअर में,

    कि चिरई के बझावे आ गइल मिसकार होली में॥

    कहीं त तंग साहेब छोड़ के हितई निकल जाईं,

    कि मँहगी में सम्हारी हाय हम घरबार होली में॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 42)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY