Font by Mehr Nastaliq Web

हमार जिनगी त सूरुज भइल ना चान भइल

hamar jingi ta suruj bhail na chaan bhail

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

हमार जिनगी त सूरुज भइल ना चान भइल

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    हमार जिनगी त सूरुज भइल ना चान भइल।

    मगर गरीब के दुखियन के आन-बान भइल॥

    चलऽ चुरा के उ खइलस त बेइमान भइल।

    इमान बेच के कइसे केहू महान भइल॥

    केहू शरीर भइल तऽ केहू परान भइल।

    गजब के फैसला दूनू के दरम्यान भइल॥

    कसम कि तहरे बिना घर ना हो सकल कबहूँ,

    इ लाख, लाख टका के खड़ा मकान भइल॥

    पता ना के तरे जियते उ मर गइल साहेब,

    बड़ा अनेर ह मुफ्लिस के स्वाभिमान भइल॥

    चलऽ उमेद के धुनकी में राह कट जाई,

    हमेशा रात भइल बा तबे बिहान भइल॥

    उ पाँच साल प लौटल बा ओकरा का मालूम,

    कि केतना लोर समुन्दर के बा जिआन भइल॥

    इ रेल गाड़ी भइल दिन पहाड़ जइसन रात,

    गरीब बाप के बेटी अगर सेयान भइल॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 39)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY