दूध के दूध अउर पानी के पानी लिखीं
doodh ke doodh aur pani ke pani likhin
तंग इनायतपुरी
Tang Inayatpuri
दूध के दूध अउर पानी के पानी लिखीं
doodh ke doodh aur pani ke pani likhin
Tang Inayatpuri
तंग इनायतपुरी
और अधिकतंग इनायतपुरी
दूध के दूध अउर पानी के पानी लिखीं।
रउरा कबहूँ त भला साँच कहानी लिखीं॥
भूख के, रोटी के, नफरत के आ गद्दारी के,
हाय! हम कइसे भला चार गो मानी लिखीं॥
हुश्न आ इश्क पर अबले त बहुत लिख चुकलीं,
आईं अब शेर में मुफ्लिस के जवानी लिखीं॥
कम-से-कम फन में भी होखो त इ अदला-बदली,
हम लिखीं ताज महल रउवा पलानी लिखीं॥
साँच के आँख त चकमक में ठहरते नइखे,
झूठ के घाम में मत आइना खानी लिखीं॥
कट गइल उम्र ई उम्मीद के माला फेरत,
बोलीं, हम कइसे ना किस्मत के कहानी लिखीं॥
कोठा लिखला प इहाँ लोग उठाई अंगुरी,
तंग साहेब चलीं दिल्ली के दलानी लिखीं॥
- पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 45)
- रचनाकार : तंग इनायतपुरी
- प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
- संस्करण : 2013
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.