Font by Mehr Nastaliq Web

धरम के झगडा मतलब खातिर, खामोखाह गुन गाईं हम

dharam ke jhagDa matlab khatir, khamokhah gun gain hum

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

धरम के झगडा मतलब खातिर, खामोखाह गुन गाईं हम

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    धरम के झगडा मतलब खातिर, खामोखाह गुन गाईं हम

    दछिना ले के बाबा गइले, सुखले शंख बजाईं हम॥

    सउँसे दुनिया पागल जइसन, जात-धरम में लागल बा

    केकर-केकर नांव धरीं, आ केकरा के समुझाईं हम॥

    एह पार्टी से ओह पार्टी में, आना जाना लागल बा,

    जेकर खाईं, ओकर गाईं, दुश्मन के गरियाईं हम॥

    सजी घोटाला, सजी हवाला के, परिणाम कहाँ निकलल,

    टी वी पर बस देख-देख के, मन ही मन अगराईं हम॥

    सडक के टेण्डर नया भइल बा, फेर चुनाव आइल बा का,

    रोज करिमना पूछे हमसे, का ओ के समुझाईं हम॥

    पहिले जे वारण्ट रहे, ऊ जीतला पर का हट जाला,

    मंत्री जी पर ई सवाल पुछला पर बस मुस्काईं हम॥

    जात-पात के जाल में देखिहऽ केहू कहीं फंसावे ना

    आरक्षण में फंसलो बानी, सुग्गा जइसन गाईं हम॥

    बे बँटले जब खइबऽ तऽ, चेकिंग में तू पकड़इबऽ ना

    लूटल माल धराई कइसे, बाँट-चोंट के खाईं हम॥

    तंग इनायतपुरी जी हम, चौबिस घंटा काम करीं,

    बनलो काम बिगाड़ीं पहिले, फेर ओके सझुराईं हम॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 60)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY