Font by Mehr Nastaliq Web

भोर से साँझ ले बस काम-काम मत पूछीं

bhor se saanjh le bas kaam kaam mat puchhin

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

भोर से साँझ ले बस काम-काम मत पूछीं

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    भोर से साँझ ले बस काम-काम मत पूछीं।

    जिन्दगी में बा बड़ा ताम-झाम मत पूछीं॥

    रउरा गइनी त इ दुनिया उजाड़ के गइनी,

    के तरे चल रहल बा काम-धाम मत पूछीं॥

    काल्ह उ टोकलस त जतरा बिगड़ गइल दादा,

    आज फेर कइले बा अवते सलाम मत पूछीं॥

    रउरा हमरा के इ अछरंग लगाईं बाकिर,

    सउँसे दुनिया के बा बिगड़ल निजाम मत पूछीं॥

    खून के दाम लगाएब त लगा लीं साहेब,

    पानी-पानी भइल, पानी के दाम मत पूछीं॥

    केकरा-केकरा के कहीं केकरा के बिसारी हम,

    एके गड़ही में सधे राम-राम मत पूछीं॥

    का बताईं भला एह राज-पाट में रउरा,

    हो गइल बानी हम चलनी के चाम मत पूछीं॥

    उनका घोड़ा के त लगले लगाम बा बाकिर,

    कहिया लागी चचा उनका लगाम मत पूछीं॥

    तंग बाटे अगर बदशाहो के बदशाह इहाँ,

    चमचो बेलचा के बा इहवाँ गुलाम मत पूछीं॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 38)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
    • संस्करण : 2013

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY