Font by Mehr Nastaliq Web

आँख से बह के लोर गाल पर सूख गइल

ankh se bah ke lor gaal par sookh gail

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

आँख से बह के लोर गाल पर सूख गइल

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    आँख से बह के लोर गाल पर सूख गइल

    छप्पर चूअल आ देवाल पर सूख गइल॥

    आखिर कब ले चेहरा ई गुलनार रही

    सुनते उ अइसन सवाल पर सूख गइल॥

    कृष्ण द्वारिका गइले तऽ वृन्दावन में

    पत्ता-पत्ता कदम ताल पर सूख गइल॥

    बादर घेरलस बाकिर बरखा बरिसल ना

    ताल आँख के असल ताल पर सूख गइल॥

    जंगल में भी सूरत-सीरत बा लेकिन

    फूल फुलाइल अउर डाल पर सूख गइल॥

    आँख पाटलीपुत्र भइल, दिल दिल्ली के

    आपन-आपन बुरा हाल पर सूख गइल॥

    प्रेम नगर के पोखरा में पानी जमकल

    कमल खिलल बाकिर मृणाल पर सूख गइल॥

    तुलसी के बिरवा सरदी के मौसम में

    ठिठुर-ठिठुर के नया साल पर सूख गइल॥

    तंग इनायतपुरी जी के दिल काहे

    जिनगी-मउवत के खेयाल पर सूख गइल॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 37)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY