Font by Mehr Nastaliq Web

अमन के बाग में बिरवा सनेह के बोइत

aman ke baag mein birva saneh ke boit

तंग इनायतपुरी

तंग इनायतपुरी

अमन के बाग में बिरवा सनेह के बोइत

तंग इनायतपुरी

और अधिकतंग इनायतपुरी

    अमन के बाग में बिरवा सनेह के बोइत

    त ओकरा नाम के चरचा गली-गली होइत॥

    फरेब-झूठ में शामिल अगर उ ना होइत

    त फिर पड़ोस में बिशवास-आस के खोइत॥

    पडित ना एह तरे दुश्मन के जाल में भाई

    त आज, फार के पूका सभा में ना रोइत॥

    भला बताईंतऽ ओकरा के हम जगइतीं का

    जे आँख मूंद के सुतलो प जागले होइत॥

    फ़साद आन के खातिर अगर बेसाहित ना

    त गम के बोझ उ मूडी प अपना ना ढोइत॥

    जरूर हाथी के कान्हा प ऊ चढल होई

    अनेर ए तरे दंगा फसाद ना बोइत॥

    शरम जो तनिको रहित तऽ कइल धइल सगरी

    गिरा के आँख के पानी, कबो उ ना धोइत॥

    उ दुनू आँख के अंधा हऽ, मान लेतीं हम

    जे घुप अन्हार में घबरा के राह ना टोइत॥

    करज जो काढ के बन्दूक तूं खरीदतऽ ना

    त का समाज में इज्जत तोहार ना होइत॥

    स्रोत :
    • पुस्तक : सियासत में गज़ब बा नाम राउर (भोजपुरी ग़ज़ल-संग्रह) (पृष्ठ 36)
    • रचनाकार : तंग इनायतपुरी
    • प्रकाशन : भोजपुरी साहित्यांगन, पटना
    • संस्करण : 2020

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY