Font by Mehr Nastaliq Web

शब्द आ अर्थ

shabd aa arth

ब्रजभूषण मिश्र

ब्रजभूषण मिश्र

शब्द आ अर्थ

ब्रजभूषण मिश्र

और अधिकब्रजभूषण मिश्र

    शब्द पकड़ में

    नइखे आवत;

    अगर पकड़ात बा,

    अर्थ

    धनक जात बा।

    मन के भाव

    दुनियावी प्रपंच से

    घबड़ा के भाग जात बा।

    शब्द के अर्थ कइसे दीं?

    शब्द डायरी तक आवत-आवत

    राख हो जात बा

    कविता

    उड़ियाए लागत बिया।

    कहाँ बाँचल बा शब्द—

    जवन खोल सके अर्थ।

    स्रोत :
    • पुस्तक : खरकत जमीन बजरत आसमान (पृष्ठ 30)
    • रचनाकार : ब्रजभूषण मिश्र
    • प्रकाशन : वनांचल प्रकाशन, तेनुघाट (बोकारो)
    • संस्करण : 2015

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY