Font by Mehr Nastaliq Web

मन के डर

man ke Dar

ब्रजभूषण मिश्र

और अधिकब्रजभूषण मिश्र

    ना जानीं

    का होखेवाला बा

    होनी-अनहोनी?

    बाटे दिन—

    उचटल-उदास

    रोज के उठवना अस

    कार-बार—

    लेके बोरिया-बस्ता

    बबुआ-बबुनी

    गइल इसकूल,

    मरद—

    खेत-खरिहान

    चाहे दूर सीवान।

    चूल्हा-चउका के बाद

    अबगे सँवास भइल ह—

    सावन में शिव पर

    ढारेके जल,

    चढ़ावे के बेलपत्र।

    हर-हर महादेव !

    ऊँ नमः शिवाय !!

    बाकिर,

    लागल देह सिहाय।

    कहीं से—

    कुत्ता रोअला के

    आवाज आइल बा

    लइका इस्कूल में—

    छत कमजोर बा,

    राह में—

    गाड़ी-घोड़ा के डर बा।

    मरद—

    खेत-खरिहाना

    चाहे सीवाना,

    आर-डरेर के बखेड़ा

    हो जा सकत बा खड़ा।

    कि दलानी पर

    अलचार पड़ल बूढ़।

    सभे से जोड़े लागत बा

    मन,

    समा जात बा भय,

    केहू भगा देइत

    रोअत कुत्ता।

    करेज पर

    कुछ भारी बुझात बा,

    सोंचा नइखे पावत—

    डर, पहिले से

    कुंडली मरले बइठल बा

    कि कुत्ता के रोअला से

    पैदा भइल बा।

    स्रोत :
    • पुस्तक : खरकत जमीन बजरत आसमान (पृष्ठ 48)
    • रचनाकार : ब्रजभूषण मिश्र
    • प्रकाशन : वनांचल प्रकाशन, तेनुघाट (बोकारो)
    • संस्करण : 2015

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY