मद्धिम रोशनी में साफ चेहरा
maddhim roshni mein saaph chehra
ओह दिन राती खाँ सुन-सान बीच सड़क पर
एगो पत्थल आ पत्थल पर जरत लालटेन—
आ लालटेन के लगे खड़ा एगो आदमी देख के
हम चकरा गइनी त पुछनी—
ऐ भाई! बीच सड़क पर सुनसान में
लालटेन काहे के रखल बा?
कहलस—
एकरा खातिर कि अन्हारा में—
पथलवा से केहू के चोट ना लागे।
हम फेर पुछनी—
त ई पथलवे काहे के रखल बा?
उ तनी टएट बोलल—
लउकत नइखे? ललटेनिया रखे खातिर।
हमरा हँसी आ गइल आ मुँह से निकलल—
अजब हाल बा! त तूँ एजा का करऽ तारऽ?
कहलस—
तहरे जइसन लोग के समुझावतानी।
हम फेर कहनी—तहार त बाते नइखे बुझात
उ खिसिया के बोलल—
तहरा ना नू बुझाई, हम पुछतानी बताव ना?
ऐलेक्शन काहे खातिर होला?
हम कहनी—सरकार बनावे खातिर
उ फेर पुछलस—
आ सरकार काहे खातिर बनावल जाले?
हम चुप हो गइनी आ—
ओह पत्थल पर रखल लालटेन के मद्धिम रोशनी में
अपना देश के—
साफ-साफ तस्वीर देखे लगनी।
- पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 60)
- रचनाकार : तंग इनायतपुरी
- प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
- संस्करण : 2013
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.