काथी लिखीं, बुझाते नइखे?
kathi likhin, bujhate naikhe?
काथी पर लिखीं, सुझाते नइखे!
लड़का सब के जनम लिखीं
लड़की सब के मरन लिखीं
बाप के मुँह के आगी लिखीं
दहेज-दानव के दागी लिखीं
काथी लिखीं, बुझाते नइखे?
धरम लिखीं कि जाति लिखीं
सुसुकत राग-पराती लिखीं
आजू के संस्कार लिखीं हम
उमकत अहंकार लिखीं हम
शिक्षित बेरोजगार लिखीं हम
शिक्षा के ब्यापार लिखीं हम
काथी लिखीं, बुझाते नइखे
हाकिम के फरमान लिखीं, कि
बाजारू ईमान लिखीं
घर में घुसत बेमारी लिखीं कि
डाक्टर अत्याचारी लिखीं
महंगाई के मार लिखीं कि
सपना सस्ता उपचार लिखीं
काथी लिखीं, बुझाते नइखे?
जिए के हम लूर लिखीं
कि लोगन के सहूर लिखीं
सहर लिखीं कि गाँव लिखीं
ठाँव लिखीं कुठाँव लिखीं
ग्यान आ बिज्ञान लिखीं
कि ओकर बा नोकसान लिखीं
भारत के पहचान लिखीं
कि मउवत के फरमान लिखीं
उजड़त खेत-खरिहान लिखीं कि
मजुरा अउर किसान लिखीं
रामराज-सुराज लिखीं कि
नारी के उजड़त लाज लिखीं
काथी लिखीं, बुझाते नइखे?
दंगा के ललकार लिखीं
कि, दूधारी तलवार लिखीं
राजनीतिक व्यापार लिखीं
खाकी-खद्दर के प्यार लिखी
दाल भात तरकारी लिखीं
सोसन बा सरकारी लिखीं
परदेसी बुधना के लिखीं कि
आपन हित चुमना के लिखीं कि
झुनिया के हम सिसकी लिखीं कि
घोटत माई के हिचकी लिखीं
परदेसवा के सरन लिखीं
गाँव-जवार के मरन लिखीं
आपन मन के द्वन्द लिखीं कि
नवका कउनो छंद लिखीं
आपन दुःख के बूझें-बाँटे
मन बउराए घाटे-घाटे
काथी लिखीं बुझाते नइखे?
- पुस्तक : हमार पहचान (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 29)
- रचनाकार : जलज कुमार अनुपम
- प्रकाशन : हर्फ मीडिया, नई दिल्ली
- संस्करण : 2018
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.