Font by Mehr Nastaliq Web

भेड़िया के नथुना घुमा देव

bheDiya ke nathuna ghuma dev

तैयब हुसैन पीड़ित

तैयब हुसैन पीड़ित

भेड़िया के नथुना घुमा देव

तैयब हुसैन पीड़ित

और अधिकतैयब हुसैन पीड़ित

    कइसन अचरज के बात बा

    कि चोर भीड़ में चोर ढूढ़ रहल बा

    पेटरउल से आग बुझावल जाता

    परकटल कबूतर

    आसमान में उड़ावल जाता

    शांति खातिर!

    कह ना सकीं

    केतना कारगर होई

    नारा, जुमला बेयान के बइसाखी

    लंगड़ात सद्भावना के

    मंजिल तक पहुँचावे में

    जबकि

    राहो में

    बारूदी सुरंग बिछावे के

    साजिश जारी बा।

    समुझताड़न

    पालतू भेड़िया

    पोसेवाला के ना मारे

    भेड़िया

    निडर होके सूंघ रहल बा

    आदमी के मांस!

    साफ जनाता

    ओकर निशान

    रंग, भाषा, जात, धरम

    के झगड़ा

    देश-विदेश के रगड़ा में

    बाकी हमनी का

    वोट सरकार

    बहस सेमिनार में

    ओकर ठौर तलासत

    थाकत नइखीं।

    इन्साफ के आसन

    होके

    बहेवाली हवो

    ओकरा ओर इशारा करता

    जरूरत बा

    कुछ साहसी शिकारी

    भेड़िया के नथुना

    ओने घुमा देव!

    स्रोत :
    • पुस्तक : अनसोहातो (कविता-संग्रह) (पृष्ठ 75)
    • रचनाकार : तैयब हुसैन पीड़ित
    • प्रकाशन : शब्द संसार, पटना
    • संस्करण : 2011

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY