Font by Mehr Nastaliq Web

बाबा के खटिया

baba ke khatiya

ब्रजभूषण मिश्र

ब्रजभूषण मिश्र

बाबा के खटिया

ब्रजभूषण मिश्र

और अधिकब्रजभूषण मिश्र

    जतने सझुरावत बानी

    ओतने अझुरात जात बा—

    जीवन।

    जीवन अइसन हो गइल बाटे

    जइसे बाबा के सूतेवाला—

    खटिया के ओड़चन,

    ओड़चन—जवन ओड़चीं कतनो

    ओड़चाते नइखे।

    बाबा संस्कार के फाँसी पर—

    टंगाइल

    खटिया ना छोड़ल चाहस।

    खटिया में

    अपना पिछला इयाद के

    बिनले बाड़न।

    उनकर खटिया

    उनकरा जीवन भर के

    इतिहास-भूगोल बा,

    जवना के ओर-छोर

    पता नइखे चलत।

    स्रोत :
    • पुस्तक : खरकत जमीन बजरत आसमान (पृष्ठ 58)
    • रचनाकार : ब्रजभूषण मिश्र
    • प्रकाशन : वनांचल प्रकाशन, तेनुघाट (बोकारो)
    • संस्करण : 2015

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY