भगवान राउर भला करस
बाल बच्चा के बनवले राखस
जे बोएला उ काटेला
भगवान के नाम पर दू पइसा, चार पइसा गरीब के—
बड़ा पुन्न होई।
मन्दिर के दुआरी पर उ मांगत-मांगत थाक गइल
बाकिर केहू के ना सुनाइल।
हार-पाछ के उ मस्जिद के दुआरी पर आइल
खुदा के राह में सवाब होई
इ दोआ मंगलस,
जुम्मा के नमाज तकले बीत गइल
लोग आइल-गइल
बाकिर कहाँ केहू पर असर भइल।
फेरू चर्च के दुआरी पर पहुँचल
प्रेयर ले बीत गइल
ऊ करूणा आ दया के रट लगावते रह गइल।
ऊ वाहे गुरू के भी पुकरलस
आ गुरूद्वारो के दुआरी पर हाथ पसरलस।
जब कतहीं कुछ ना तिराइल—
त सुतली रात खाँ
भट्ठीखाना के दुआरी पर आइल।
लागल कहे—
अल्लाह के नाम पर, भगवान के नाम पर,
वाहे गुरू के नाम पर, ईशू के नाम पर—
दू पइसा, चार पइसा दे दीं—
गरीब भूखे सूत जाई
उपर वाला रउरा बाल-बच्चा के बनवले राखस।
कुछ देर के बाद कुछ लोग लड़खड़ात बाहर आइल
आ ओकर आवाज सुन के एगो बोलल—
जो रे आभागा! तेहूँ अइले त लास्टे में
उ पाकिट में हाथ लगवलस
एगो नमरी निकललस, ओकरा ओरी फेकलस—
आ डगमगाते-डगमगाते चल गइल।
असहीं ओह लोग का तरफ से—
पाँच, दस, बीस, पचास आ सौ के नोट—
तऽ बहुते आइल
ई बात दोसर बा कि संगहीं
कुछ गारियो भेंटाइल।
आऽ तब—
चिखनावाला के ढीबरी का अंजोरा में
उ नोट देखलस,
गिनले ना गिनाइल
त ऊ मुस्काइल।
कहलस—
का भगवान! अलबत धोखाबाज बाड़ऽ
रहेलऽ कहवाँ आ पता देलऽ कहवाँ के।
- पुस्तक : केहू मन पड़ल (भोजपुरी कविता-संग्रह) (पृष्ठ 62)
- रचनाकार : तंग इनायतपुरी
- प्रकाशन : भोजपुरी संस्थान, पटना
- संस्करण : 2013
Additional information available
Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.
About this sher
rare Unpublished content
This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.