Font by Mehr Nastaliq Web

तहरो अँखियन के मर

tahro ankhiyan ke mar

जौहर शफियाबादी

जौहर शफियाबादी

तहरो अँखियन के मर

जौहर शफियाबादी

और अधिकजौहर शफियाबादी

    तहरो अँखियन के मर गइल पानी

    सुन के अँखियन में भर गइल पानी

    लोर के मोल का उनुका सोझा

    आके अँखियन में डर गइल पानी

    नरक नाला-नदी रहुवे, बाकी

    जाके गंगा में तर गइल पानी

    धर्म के नाम पर बाटे झगड़ा

    लाज से गिर के गड़ गइल पानी

    दान अँजुरी से करके लवटल जे

    ओकरा अँजुरी में भर गइल पानी

    मोल मोती के का रहल 'जौहर'

    जहिया ओकर उतर गइल पानी

    स्रोत :
    • पुस्तक : रंगमहल (पृष्ठ 131)
    • रचनाकार : जौहर शफियाबादी
    • प्रकाशन : शिवालिक प्रकाशन, दिल्ली
    • संस्करण : 2019

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY